Bhojpuri Shayari Love
कभी कभी ना… dil के सबद (शब्द) हिंदी में नहीं, Bhojpuri में जियादा अच्छा लागेला। काहे कि Bhojpuri के मिठास में एगो अपनापन बा, जे हर जख्म के छू लेला अउर हर खुशी के दोगुना कर देला।
Bhojpuri Shayari Love लिखे के मतलब बा, दिल के वो बात कहे जवन आंख से ना कही सकी। मोहब्बत चाहे चुपके चुपके होखो, या खुला खुला, Bhojpuri में बोले वाला अल्फ़ाज़ सधा सीधा दिल तक पहुँच जाला।
Bhojpuri Love Shayari के मिठास
मौसम क मिसाल देही या तोहार
केहू पूछत बा कि बदले केकरा आवेला.
ई फूलन मे अब उ महक कहॉ इ राह क अब कवनो मंजिल कहॉ
क लेती हम मोम अगर केहू पत्थर दिल होत त पर इहां त केहू में इंसानी दिल बा कहॉ
रात कब हो गइल, खुशी कब खो गइल, आँख कब रो गइल?
तोहरा वियोग में अस डूबल रहीं कि कुछ पता ना चलल.
रात में जागल मत कर् सूत लीहल कर् अइसहीं मन में आँसू मत
रोकल कर् रो लिहल कर् हमरा ईयाद में त हरमेसे रहेलस गुमसुम
कबो कबो अपनो के ईयाद कर् लिहल कर्
बीना बतवले उ ना जाने काहे हमसे दूरी क लिहलन, बिछड. के ऊ
हमार मुहबबत अधूरे छोर दिहलन हमरे मुककदर में खाली गम बा त
का भइल खुदा उनकर खवाइस त पुरा कर दिहलन |
मेहन्दी रंग लावेला सुखला के बाद,
दोस्ती याद आवेला छुटला के बाद.
उ बदरा केतना ख़ुशक़िस्मत बा, जवन दूर होके भी धरतिया पे बरसेला,
और एगो हमार बदक़िस्मती बा जवन, एगो मोहल्लेवे में होक जियरा मिले खातिर तड़पेला।
आपन ईमान भगवान् सब बेच देहलू,
कुचल मानवता कदमो तले चली गईलू |
सोना के साईकिल चाँदी के पहिया……
ए जान बताव हमरा से मिलबू कहिया…
दरद दे के दरद बढावल ना जाला, दीप जलाके दीप बुझावल ना जाला,
प्रेम केतनो बढ़ी पर बेगाना ना होई, दिल लगाके दिल हटावल ना जाला….
मुहब्बत ऊ बारिश हअ.. जेके छूवे के कोशिश में..
हथवा त गीला हो जाय़ेला.. आऊर अखिय़ो नम रहेला..
बाकि हाथ फिर भी खालीय़े रहेला..
खालीयो शिशा मे निशान रह जाला, टूटल दिल मे भी अरमान रह जाला,
जवन खामोशी से गुजर जाला, उ दरिय़ा भी आपन दिल मे तूफान राखेला….
जब दिल के बात Bhojpuri में निकले
कबो हमरा दिलवा के भी समझ, तू त थामे से पाहिले ही हाथ छोड़ावे लगलू !
हम त कब के ही मर जईति, तू आके हमरा जिन्दगी में हमके जियावे लगलू !!.
आज सोचनी की तोहरा के सपना कही, पर सपना त सच होखेला ना.
तू ख्याले में रोज आईल कर, लोग कहेला की ख्याल कबो बदलेला ना…
सांस टूट रहल बा, लेकिन आस अभी बाकी बा मन तडफडा रहल बा ,
हमार प्यास अभी बाकी बा तु हरदम बाडु हमरा संगे, ई एहसास अभी
बाकी बा इंतेजार रही मुवे घरी ले काहे की सांस अभी बाकी बा..
राजपूत के बाबू कहले, ब्राह्मण के खिअवले, लाला के लेले देले,
राड़ के लतियवले. जइसन देवता, वइसन पूजा.
हाल दुनिया के का कहीं यारे झूठ के साँच बनावल जाता
देश के अबले ना सूरत बदलल, झूठहूँ हल्ला मचावल जाता.
जे तहरा खातिर काँट बने तू कर दऽ ओकरा भाला,
उहो सार समुझ जइहन कि पड़ल केहू से पाला.
मौसम क मिसाल देही या तोहार
केहू पूछत बा कि बदले केकरा आवेला.
जे तहरा खातिर काँट बने तू कर दऽ ओकरा भाला,
उहो सार समुझ जइहन कि पड़ल केहू से पाला |
करिया साडी पर कढाई ना होला.
जानम तहरा याद मे पढाई ना होला.
हमके कब चाह रहे कि हमके ऊ चाँद मिले य़ा असमान मिले,
खाली एगो तमन्ना रहे की हमार ऊ सपना के जहाँ मिले….
मुस्कुरा जे छुपा लेला आपन आंसू
अपने हालत से ऊ गैरन के भी रुला देला.
तोहार जिंनगी में हमार नाही रहले क कमी तहके हर रोज खली
रोशनी लाख करब तु अापन जिनगी में पर रौनक नाहीं होई
प्यार अउर विरह के Bhojpuri शायरी
कुछ फासला खाली आंख से होला, बाकी दिल क फासला खाली बात से होला,
केहू लाख भूले के कोशिश करे, बाकी कुछ रिश्ता खतम खाली साँस से होला….
हम आउर हमार चाँद.. अक्सर अधियारी रतिया में,
एक-दुसरा के बात में डूबके.. जागल करी ल जा रात भर..
आँसू क समन्दर ख़रीदे में, हर सुकून गवां दिहली हम,
ई दर्द का समा, बड़ी मुश्किल से कमइले बानी हम!!
खालीयो शिशा मे निशान रह जाला टूटल दिल मे भी अरमान रह जाला
जवन खामोशी से गुजर जाला उ दरिय़ा भी आपन दिल मे तूफान राखेला
सांस रुक जाई त रुक जाई जिंदगी हर सांस में तू ही समाइल बाडू
ह्र दिन करी जतन भूल जाए खातिर एक पल भी कहाँ तू भुलैइल बाडू…
दिल के बेकरारी बोलावत बा आजा आज ई तनहाई सतावत बा आजा
तहरे बिना सुन बा मनवा के बगिया आके तू एह के महका द ए रानी…
रूह से कह द रूवावल छोर दे !
या बदन क आशियाना छोर दे !!
हमरे मन क कमरा जवन कहिये से खाली पड़ल बा..!
ओके तहार क़दम क आहट भी, शोर जइनस लागेला..!!
समय से पहिले आ भाग्य से अधिका, ना तऽ मिलल बा,
ना मिली. बाकिर तहरा का मालूम कि तहरा भाग्य में कतना
बा आ तहार समय कब आई ? एहिसे तू बस हरदम लागल रहऽ
हमके कब चाह रहे कि हमके ऊ चाँद मिले य़ा असमान मिले!
खाली एगो तमन्ना रहे की हमार ऊ सपना के जहाँ मिले !!
हजार चेहरा में एगो तु ही रहल जेकरा पर हम मर मिटली
वर्ना न त चाहत क कमी रहे ना त चाहे वालन क कमी रहे |
टूटल अईसन दिल आवाज तक ना आईल
हम कईसे जीयत बानी केहू जीके त बतावस
Bhojpuri Romantic Shayari
हम जब भी डूबल चाहीला आकाश के ई नील गगनवा में
न जाने काहें..!ई घनघोर बदरा नाय़ बन के हमके बचा लेवेला
तहार ई बेरूखी कवनो काम क ना रह जाई !
आ जाई अपने दिल के समझावे हमरा त !!
उजाला आपन याद क हमरे साथ रहे द
न जाने कवने गली में जिनगी क शाम हो जाइ.
तोहार दिल हमार दिल बराबर हो नाहीं सकता उ शीशा हो नाहीं सकता इ
पत्थर हो नाहीं सकता दर्द बा केतना बताई कइसे अब तू ही बता द भुलाई कइसे.
रूह समाईल बा ई देह में, देह इ जहान में फसल बा
ज़िंनगी ईहे सिलसिला से बस आगे बढ़ रहल बा
काहे नईखे महशूस होत तकलीफ हमार उनके..!
जे कहत रहे बहुत बढिया से जानिला तोहके..!!
घुट घुट के भितरे भितरे दर्द के लोर पी रहल बानी
कागज कलम के सँघतिया बना के होठवा के सी रहल बानी
बहुते कोशिश कइनी कि आज खाली बारिशे पर शायरी लिखब ..!
पर हर बौछार खाली तोहरे याद बरसा रहल बा..!!
सब कहेला कि,आईना कबो झूठ नाहीं बोलस..!
उ त खाली ई होठ क मुस्कान देखेला, दिल क दरद नाहीं..!!
चढते फगुनवा जियरा जरि गईल हो,
हमार सजना सनेहिया बिसार गईलन हो….
तनहा रहल त मोहबबत करे वाला क रशम-वफा हवे
अगर फूल खुशी खातिर होत त केहू जनाजा पर नाही डालत
अबकी के सावन में अईसन शरारत हमरे साथ भईल.!
हमार घर छोड़ बाकी कुल गाँव में बरसात भईल..!!
मौसम क मिसाल देही या तोहार..!
केहू पूछत बा कि बदले केकरा आवेला..!
मैं Zoya हऽ… पिछली बेर हम “Love Best Friend Shayari” लिखले रहीं, आज दिल में Bhojpuri के मिठास उतरल तऽ “Bhojpuri Shayari Love” लेके आ गइनी। Bhojpuri Shayari Love सिरिफ़ अल्फाज़ नइखे, ई तऽ गाँव के खुशबू, माटी के अपनापन, अउर दिलवा के सच्चाई बा। जब मोहब्बत Bhojpuri में लिखल जाला, तऽ ऊ ना केवल पढ़े वाला के छू लेला, बलुक याद बन के दिलवा में बस जाला। हमार यकीन बा—प्यार चाहे किसी भी भाषा में होखे, लेकिन Bhojpuri में कहेला तऽ एहसास में जियादा मिठास आ जाला।


